गोविन्दा का अंदाज में लउकीहे पवन सिंह

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन सुपरस्टार पवन सिंह अब अपना किरदार से दर्शकन का सामने गोविन्दा के याद ताजा करा दीहें. ऊ ठीक ओहि अन्दाज में नजर आवे वाला बाड़न जवना के देख के रउरा लोग का मुँह से अचके निकल जाई कि अरे गोविन्दा भोजपुरी सिनेमा में कइसे आ गइल? आलोक कुमार के फिल्म भईया के साली ओढ़निया वाली में एगो गाना का दौरान पवन के ई अंदाज सामने आइल बा.

पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.


विनय आनन्द के जिनिगी कॉल सेंटर के कर्मचारी वाला हो गइल बा

हाल फिलहाल विनय आनन्द के रिलीज तीन गो फिल्म दामिनी, जाबांज जिगर वालागर्दा गर्दा कइले बाड़ू हो जब से सुपरहिट भइल बा तब से विनय आनन्द के जिनिगी कॉल सेंटर के कर्मचारी वाली हो गइल बा. बिहार के एगो चर्चित अखबार में विनय आनन्द के निजी फोन नम्बर कवनो प्रशंसक छपवा दिहलसि. ओकरा बादे से विनय आनन्द काम पर लाग गइल बाड़े. तीन दिन में करीब तीस हजार फोन, मिस कॉल, भा एसएमएस उनका लगे आ गइल.
पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.


पवन सिंह के फिल्मन के नाम के मजेदार खेल

पवन सिंह के फिल्मन के कुछ टाइटिल बहुते शगुनिया साबित भइल बाड़ी स. जइसे तोहरे नाम उनका तीन गो फिल्मन में शामिल रहल, रंगली चुनरिया तोहरे नाम की, मेंहदी रचाइब तोहरे नाम की, उमरिया कइली तोहरे नाम, आ तीनो सफल रहली स. रंगली चुनरिया त पवन सिंह के पहिलका फिल्म रहुवे.

पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.


दू गो हीरोइनन का साथे लोफरई करीहे निरहुआ

भोजपुरी फिल्म लोफर में पहिला बेर मोनालिसा आ रहल बाड़ी दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पाखी हेगडे का बीच में. नायक निरहुआ दुनु का साथे रोमांस लड़इहे. निरहुआ का साथे एह दुनु हीरोइनन के ले आवे के श्रेय लोफर के प्रस्तुत कर्ता संजय सिन्हा के बा जे फिल्म का शुरु होखते तय कर लिहले रहन कि एह फिल्म में दुनु हीरोइनन के पेश करीहें.

पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.

Advertisements