ManojTiwari-with-Presidentचेन्नई में भइल भारतीय सिनेमा के शताब्दी समारोह में भोजपुरी फिलिमन के मेगा स्टार मनोज तिवारी के भोजपुरी सिनेमा में उनका योगदान खातिर राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे सम्मानित भइला पर उनुका के दक्षिण भारतीय फिलिमन के महानायक रजनीकांत का साथही हिन्दी फिलिमन के महानायक अमिताभ बच्चन आ अभिनेत्री रह चुकल तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललिता बधाई दिहली.
एह सम्मान समारोह में मनोज तिवारी के अलावा अमिताभ जी, रेखा जी, श्रीदेवी जी, वैजन्ती माला जी, आ क्षेत्रीय सिनेमा में तमिल, तेलगू, कन्नड़, मलयालम, बांगला, उड़िया, आसामी, बंगाली, मराठी, आ भोजपुरी के सम्मानित कइल गइल. जब मंच से भोजपुरी फिलिम आ मनोज तिवारी के नाम के घोषणा भइल त जवाहर लाल इंडोर स्टेडियम में बइठल 12 हजार लोग का साथही रजनीकांत, कमल हसन, तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललिता, केरल के मुख्यमंत्री, कर्नाटक के राज्यपाल सबही लोग ताली बजावत रहे.
मनोज तिवारी कहले कि, “उ दृश्य हमरा ला अद्भुत रहल. हम डाक्टर राजेन्द्र प्रसाद, विश्वनाथ शाहाबादी, नाजिर हुसैन, कुमकुम जी, सुजीत कुमार, राकेश पांडे, पद्मश्री शारदा सिन्हा आ भरत शर्मा वगैरह के याद करत रहीं. हमरा आँखि का सोझा कुणाल जी, साधना जी, सुधाकर पांडे, अजय सिन्हा, रवि किशन, दिनेश लाल यादव, विनय बिहारी के चेहरा घूमत रहे. हम कब ओह मंच पर पहुंचनी आ कब राष्ट्रपति जी हमरा गरदन में गोल्ड मेडल पहिरवले आ कब हम वापिस अइनी ओह मंच से कुछ याद नइखे. राष्ट्रपति से नजर मिलते मुस्का के पूछनी अरे मनोज कैसे हो? त हम जवाब ना दे पवनी, शायद हमहू मुस्काइल रही. जयललिता जी के अभिवादन कइनी जब उनुका से नजर मिलल रहे. सचहू ऊ अम्मा हई, ममतामय. उनकर सम्मान कमाल के बा. तमिलनाडुओ में ऊ फिल्म कलाकार रहनी. जब हम मंच से उतर के जात रहीं त अमिताभ बच्चन जी निगाह से बधाई दीहनी, रजनीकांत आ वैजन्तीमाला जीओ बधाई दीहनी, बइठला का बाद हम अपना माई, बाबूजी, बेटी आ पत्नी के याद कइनी. हमरा एह बात के अहसास तब अउरिओ भइल जब हमरा के टी.पी. अग्रवाल, कुमार मोहन, अभय सिन्हा, संग्राम शिर्के, वगैरह लोग बधाई दीहल. रवि किशन, दिनेशलाल यादव आ रिंकू घोष वगैरहो से बधाई मिलल.”
>hr />(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: