KarelaKamalDKL-posterकुमार विकल के लिखिल-निर्देशित आ डॉ. यू.एस. प्रसाद के प्रसाद फिल्म इंटरप्राइजेज के बैनर तर बनावल भोजपुरी फिलिम ‘करेला कमाल धरती के लाल’ मुंबई आ गुजरात के सिनेमाघरन में धमाल मचवले बिया.

इ पहिला भोजपुरी फिलिम ह जवना में भगवान बुद्ध के संदेश प प्रकाश डालल गइल बा, ओह पर अमल करत शांति पावे के संदेश दीहल गइल बा. एह उद्देश्य भरल फिलिम मे उदय शंकर एगो बौद्ध भिक्षु के यादगार भूमिका कइले बाड़न. माथ भूमिका में पवन सिंह सचहु कमाल के काम कइले बाड़न. पवन के किरदार का बहाने शिक्षित नवहियन के गाँव का ओर लवटे के सीख दिआइल बा एह फिलिम मे.

पवन के प्रेयसी बनल मोनालिसो बढ़िया काम कइले बाड़ी. पुलिस ऑफिसर सचित कुमार के जोड़ी अंजना सिंह बनल बा. अक्षरा सिंह लेडी गैंगस्टर का रूप में प्रभाव जमवले बाड़ी. पहिला बेर कवनो भोजपुरी हीरोइन के गैंगस्टर के रूप में परदा प उतारल गइल बा. ममताभरल महतारी के किरदार में पुष्पा वर्मा के कामो यादगार रही.

‘करे ला कमाल धरती के लाल’ में मनोरंजन के भरपूर मसालो बा. विनय बिहारी के लिखल गीतन के राजेश गुप्ता अपना बढ़िया धुन में सँवरले बाड़े. कानू मुखर्जी आ रिक्की गुप्ता के नृत्य निर्देशन अउरी फिलिमन से बेहतर बा. प्रमोद पांडेय के छायांकन बहुते बढ़िया बा.

बृजेश त्रिपाठी, आनंद मोहन, समर्थ चतुर्वेदी, पूजा राय, शकीला मजीद, के.के. गोस्वामी वगैरह सहयोगी कलाकार बाड़े आ सीमा सिंह के आईटम गीत बा. कुल मिला के कुमार विकल के इ फिलिम भरपूर मनोरंजन करावत बिया.


(समरजीत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: