मुम्बई में पिछला दिने आयोजित आपकी आवाज़ फाउण्डेशन ट्रस्ट के मुम्बई गौरव सम्मान समारोह में अभिनेत्री पायल सेठ के मुम्बई गौरव अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. सम्मानित भइला से खुश पायल सेठ के कहना रहे कि सम्मान पुरस्कार हर कलाकार के अउरी बढ़िया करे के बढ़ावा देला.
जाने जोग बा कि पायल सेठ अनेके भोजपुरी फिलिमन में बतौर नायिका काम क चुकल बाड़ी आ उनकर भोजपुरी फिलिम “जवानी जिंदाबाद” जल्दिए रिलीज होखे वाला बा.
पायल सेठ पिछला दिने बोरीवली के साईं बाबा नगर में टूअर बचवन का बीच काम के सामान बँटली. मौका रहे युवा सेना पुरस्कृत ॐ गज़माया युवा साम्राज्य के बोरीवली चा विघ्नहर्ता माघी गणेश जयंती उत्सव के. पायल सेठ एह बढ़िया काम ला संस्था के पदाधिकारियन के बधाई आ धन्यवाद दिहली कि ई लोग टूअर बचवन ला एतना कुछ करत बा.
(रामचंद्र यादव)