Monalisaभोजपुरी फिलिमन के हॉट गर्ल मोनालिसा बॉक्स ऑफिस प लगातार हिट प हिट फिलिम दिहले जात बाड़ी.

एह साल अबहीं ले मोनालिसा के ‘जिददी आशिक’, ‘इज्जत’, ‘देस परदेस’, ‘बनारसवाली’, ‘कसम वर्दी के’, ‘दबंग मोर बालमा’ समेत अनेके फिलिम रिलीज भइली स आ बॉक्स ऑफिस प सफल रहली सँ.

दर्शक मोनालिसा के ‘जिददी आशिक’ अउर ‘देस परदेस’ में बहुते पसंद करत बाड़े.

आजुकाल्हु मोनालिसा खेसारीलाल संगे फिलिम ‘तेरे नाम’ के शुटिंग करत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

Advertisements