LakshmanRekhaवइसे त आमतौर पर फिल्मी अभिनेत्रियन में ग्लैमरस बने क होड़ लागल रहेला बाकिर एह दौड़ से हटके अभिनेत्री गुंजन पन्त एगो साधारण घरेलू महिला के किरदार निभाके बहुते खुश नज़र आवत बाड़ी आ उहो सुपर स्टार विनय आनद के आदर्श पत्नी बन के. जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम “लक्ष्मण रेखा” में ऊ एगो नॉन ग्लैमरस बाकिर बहुते प्रभावशाली महिला के किरदार में नज़र अइहें. आशा प्रोडक्शन के बैनर तले बनल आ भारतीय संस्कार अउर संस्कृति के परोसत एह फिलिम के निर्माता अशोक गुप्ता आ आशा गुप्ता हवे लोग, निर्देशन कइले बाड़न मनोज गिरी .

बकौल गुंजन पन्त एह किरदार के निभावल उनुका ला चुनौती आ जिम्मेदारी भरल रहे. एह किरदार में उनुका अइसन भारतीय नारी बने के रहल जे अपना परिवारे के आपन दुनिया मानले बाकिर ज़रुरत पड़ला पर ऊ हर लक्ष्मण रेखा पार करत समाज आ दुनिया के सामना हिम्मत से कर सकेले. कहली कि उनका गर्व बा कि एतना बढ़िया किरदार निभावे के मौका मिलल आ निर्माता अशोक गुप्ता आ आशा गुप्ता के आभार जतवली कि लीक से हटल एह फिलिम के निर्माण कइल लोग.

गौरतलब बा कि “लक्ष्मण रेखा” के “यू/अ सर्टिफिकेट” मिलल बा. इहे बतावत बा कि आजु का तारीख में बनत भोजपुरी फिलिमन के छबि से अलगा बा ई फिलिम. फिलिम के पहिला झलक निकलते गुंजन पन्त का लगे ढेरे बधाई मैसेज आ फ़ोन आवे लागल.

फ़िलहाल गुंजन पन्त के अनेके फिलिमन के ऑफर मिलत बा बाकिर ऊ बहुते सोच समुख के फिलिम चुनत बाड़ी. गुंजन पन्त के सादगी भरल सुन्दरता के सभे तारीफ करेला आ परदा पर उनकर सहज अभिनय सिनेप्रेमियन के दिलोदिमाग में रच-बस जाला.


(अपना समाचार)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: