SalimAnsariसिनेमा का दुनिया में जबले कवनो कलाकार के कवनो फिलिम रिलीज ना हो जाव तबले ओकरा ला आपन पहिचान बनावल बहुते मुश्किल होला. बाकिर एकर अपवाद बाड़ें हरफनमौला अभिनेता सलीम अंसारी जिनका अभिनय प्रतिभा में चोटी के दू गो दिग्गज अभिनेता आ अपना ज़माना के सुपर स्टार रहल रजनीकांत अउर मिथुन चक्रवर्ती के सगरी खूबी नज़र आवत बा, फिलिम के शूटिंग आ एडिटिंग घरी जे ही उनकर अभिनय देखल सबही इहे कहल कि “सलीम में दुनु सुपर स्टारन के फेंट एके चेहरा में मिल गइल बा सिनेमा भोजपुरी के!*

जाने जोग बा कि जल्दिए रिलीज होखे जात फिलिम “इंतजार करब कयामत से कयामत तक” में सलीम अंसारी केद्रीय भूमिका निभवले बाड़न आ उनकर नायिका बाड़ी धक धक ड्रीम गर्ल माधुरी मिश्रा. ई फिलिम अबहीं तकले के सबले बड़ बजट वाली फिलिम बतावल जात बिया जवना के भोजपुरी समाज के नवहियन ला बनावल गइल बा.


(अपना न्यूज़)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: