रवि किशन आपन जन्म दिन सोमनाथ मंदिर में मनवलन

भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन पिछला शनिवार १७ जुलाई के आपन जन्मदिन गुजरात के सोमनाथ मंदिर में मनवलन. आजकल ऊ गुजरात के एतिहासिक जूनागढ़ में अपना फिल्म के शूटिंग करत बाड़े. उनका जन्मदिन के मौका पर उनकर पूरा परिवार उनका साथही रहे.

शनिचर के सबेरे सबसे पहिले मंदिर जाके पूजा अर्चना कइलन. बाबा सोमनाथ के आशीर्वाद लिहला का बादे ऊ शूटिंग शुरू कइले. रवि किशन खातिर ई जन्म दिन बहुते खास रहल. काहे कि जन्म दिन का ठीक एक दिन पहिले रिलीज़ भइल उनकर फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में बिहार में रिलीज़ भइल त ओकरा एतिहासिक शुरुआत मिलल.

लमहर अरसा बाद बिहार का सिनेमाघरन में कवनो फिल्म के चारो शो हाउस फुल रहल बा. एहसे एक हफ्ता पहिले रिलीज़ भइल उनकर फिल्म सत्यमेव जयते सफलता के परचम लहरावत बिया. रविकिशन के एगो अउरी फिल्म बलिदान बिहार के दू दर्ज़न सिनेमाघर में अबहियो चलत बिया.

अपना जन्मदिन के मौके पर रविकिशन कहलन कि भगवान से उनकर इहे प्रार्थना बा कि ताजीवन अपना प्रशंसकन के मनोरंजन करत रहसु.


(स्रोत : उदय भगत)


मुंबई में धूमधाम से भइल मुन्ना भईया के प्रीमियर

हम हईं मुन्ना भईया के प्रीमियर शो हालही में मुंबई में करावल गइल त सबेरही से दर्शकन के लाइन लाग गइल रहुवे. थियेटर के फूल माला से सजावल गइल रहे आ फिल्म के नायक नायिका सुशील सिंह आ अनारा गुप्ता दर्शकन के उत्साह बढ़ावे खातिर मौजूद रहे लोग.


पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं.


जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के प्रीमियर शो पटना में

दस गो गाना, पांच गो रोमांचक मारधाड़, पारिवारिक खींचातानी, प्रेम के रस भरल गुदगुदा देबे वाला दृश्य, मजेदार कामेडी, डिजिटल तकनीक से बने वाली पहिलकी भोजपुरी फिल्म जवन कॉन्स फिल्म फेस्टिवल तक में देखावल गइल, ओह जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के प्रीमियर शो पिछला दिने पटना में करावल गइल. एह फिल्म में रविकिशन, शिखा, आ अवधेश मिश्रा खास भूमिका में बाड़न. फिल्म के गाना, खास कर के गवने के पहली रतिया आ मुर्गी जवानी, त पहिलही हिट हो चुकल बाड़ी स. फिल्म के ३० गो सिनेमाघरन में एकसाथ रिलीज कइल गइल बा.

पूरा खबर पढ़े खातिर सिने भोजपुरी डॉटकॉम पर जाईं

 357 total views,  2 views today

%d bloggers like this: