Yoddha-posterChapraKePremKahani
बहुत जल्दिए रवि किशन के दू गो जबरदस्त फिलिम रिलीज़ होखे जात बाड़ी सँ. पहिला होखी ‘योद्धा’ आ दुसरकी ‘छपरा के प्रेम कहानी’. दुनू फिलिम एही महीना रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ.

‘योद्धा’ फिलिम मे रवि किशन, पवन सिंह आ मधु शर्मा खास किरदार मे बाड़े. रवि किशन एगो खतरनाक विलेन बनल बाड़े. रवि के वेश भूषा बहुते अलग तरह के बा एह फिलिम मे. रवि एह फिलिम मे मधु शर्मा के जानी दुश्मन बनल बाड़े आ पवन से मधु के प्यार उनुका बरदाश्त का बाहर बा. फिलिम के निर्देशन राज सिप्पी के बा आ निर्माता हउवन समीर आफताब.

योद्धा फिलिम का ठीक उलट फिलिम ‘छपरा के प्रेम कहानी’ मे रवि किशन मधु शर्मा पर जान छिड़कत बाड़न. एह फिलिम मे रवि आ मधु के रोमांस देखे के मिली. ‘छपरा के प्रेम कहानी’ फिलिम के निर्देशन दयाल निहलानी के बा आ निर्माता हउवन राजेश कुमार जायसवाल.

‘योद्धा’ आ ‘छपरा के प्रेम कहानी’ इ दुनू फिलिम एही महीना रिलीज होखी आ तब देखल बनी रवि किशन के डबल धमाका.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up