RaniChatterjee
भोजपुरी स्टार नायिका रानी चटर्जी अब राउडी हो गइल बाड़ी. उनकर ई अनेरिया रूप देखे के मिली फिलिम ‘राउडी रानी’ में.एह फिलिम में डबल रोल में आइल रानी चटर्जी एह घरी एकर शूटिंग करे में लागल बाड़ी. रानी के डबल रोल एक्शन आ कॉमेडी करे वाला बा.

नायक बनल बाड़न मनोज टाईगर आ दीपक भाटिया. निर्देशक बाड़न इकबाल बख्श. रानी ‘राउडी रानी’ लेके उछाह में बाड़ी. चलत चलत इहो जान लीं कि रानी के ‘इंसाफ की देवी’ सगरी बिहार आ नेपाल में बढ़िया व्यवसाय करत बिया.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: