pub-4188398704664586

राजकुमार श्रीवास्तव आ मोनालिसा एक संगे "माफिया" में

by | Jan 31, 2013 | 0 comments

monalisa-rajkumarबंगाली बाला मोनालिसा वइसे त भोजपुरी के सगरी सुपरस्टारन संगे काम कर चुकल बाड़ी बाकि पहिला बेर ऊ निर्माता निर्देशक राजकुमार श्रीवास्तव संगे नयन मटक्का करत नजर अइहें फिलिम “माफिया” में. ई फिलिम बिहार के माहौल पर बनावल गइल बा. एहमें मोनालिसा आ राजकुमार श्रीवास्तव पर फिलिमावल रोमांटिक गाना दर्शको के रोमांटिक कर दी. एक्शननो भरपूर बा एह में. पूरा शूटिंग बिहार के मोतिहारी शहर में कइल गइल बा.

निर्माता-निर्देशक गीत लेखक राजकुमार श्रीवास्तव, संगीत जयंत एम आर्यन, छायांकन सानु सिन्हा, नृत्य महेश आचार्या, फाइट कुमार श्रेष्ठ, एडीटर हरीश चन्द्र सिंह ’गोहील’, सह निर्माता अरविंद कु. सिंह, संगीता रागी.

मुख्य कलाकार राजकुमार श्रीवास्तव, मोनालिसा, ब्रजेश त्रिपाठी, भानू प्रताप, विनोद लाल यादव, राकेश ठाकुर, रंजना देसाई, नयत खान, धमेश, पूनम दूबे वगैरह बाड़ें. .


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586