pub-4188398704664586

रिंकू घोष कइली प्रवेश लाल के किस

by | Jun 8, 2010 | 0 comments

Pravesh planting a  kiss on Rinku Ghoshभोजपुरी सिनेमा के नवेला स्टार प्रवेशलाल यादव जूनियर निरहुआ आ स्टार अदाकार रिंकू घोष के किसिंग सीन के चरचा जोर पर बा, तू ही मोर बालमा के एगो लव सीन का दौरान ई हॉट आ हिट किसिंग सीन फिल्मावल गइल बा. एकरा के देख के दर्शको उत्तेजित हो जइहें. निर्देशक असलम शेख एह दुनु कलाकारन के बीच के भरपूर रोमांस देखवले बाड़न एह फिल्म में आ इहे एकर यूएसपी बा.

प्रवेश के कहनाम बा कि कहानी आम गाँव में घटित होखे वाली घटना पर आधारित बा जवना में रिंकू अपना बहिन के ससुराल आवत बाड़ि जहाँ प्रवेश से उनकर भेंट होत बा आ फेर शुरु हो जात बा प्यार के सिलसिला. किसिंग सीन का बारे में प्रवेश के कहना रहे कि रिंकू बहुते सपोर्टिव अदाकारा हई. आ ऊ अतना सहजता से सीन करऽवली कि परदा पर परफेक्ट रोमांस लउकी.

प्रवेशलाल के एगो फिल्म आज के करन अर्जुन हाल ही में रिलीज भइल बा जवन कि बाक्स आफिस पर धमाल मचवले बा. प्रवेश के आवे वाली फिल्म बाड़ी स, दिल, आ दुश्मनी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586