सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष एह साल सफलता दर सफलता हासिल करत बाड़ी. उनकर फिलिम ‘रखवाला’ सफलता के रिकार्ड बनावत बिया. एह फिलिम में रिंकू के अभिनय के सभे तारीफ करत बा.
जान जाईं कि एह साल रिंकू के एक से बढ़के एक फिलिम देखे के मिले वाला बा दर्शकन के. एह फिलिमन में ‘साली बड़ी सतावेली‘, ‘गंगा जमुना सरस्वती’, ‘कोठा’ आ हिन्दी फिल्म ‘जय मां मैहरवाली’ प्रमुख बाड़ी स.
(शशिकांत सिहं)
304 total views, 2 views today