RiyaSingh6चंचल शोख हसीना, मन मोहक अदाकारा रिया सिंह जल्दिए सिनेमा के रुपहुला परदा प सिनेप्रेमियन के मन मोहे वाली बाड़ी.

पूर्वा प्रोडक्शन के फिलिम ’चरणों के सौगंध’ में रिया सिंह एगो तेज तर्रार चोरनी के किरदार में बाड़ी. निर्माता सूर्यकान्त आ निर्देशक बाली के एह फिलिम में केंन्द्रीय भूमिका निबाहत रिया सिंह का साथे बाड़न खेसारी लाल यादव, विशाल तिवारी, शुभी शर्मा, काजल राघवानी, सी पी भट्ट, बिपिन सिंह, रंजीत सिंह, सिराज भगत, परितोष कुमार आ सोनू झा.

उत्तर प्रदेश के लंका, बनारस में पलाइल पोसाइल रिया सिंह के पढ़ाई असम में पूरा भइल. स्कूले से रिया अभिनय आ नृत्य में महारत हासिल करे लगली.

रिया सिहं के दोसर फिलिमन में जीजाजी की जय हो अउर गंगा पुत्र शामिल बा.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: