लगातार बीस साल से फिलिमी दुनिया में आपन पहिचान बनवले लाइट मैन नारायण महतो अब प्रोड्यूसर के रूप में नया पारी खेले आइल बाड़न. मुजफ्फरपुर से सटले झपहाँ गाँव के रहे वाला नारायण महतो 80 के दशक में मुम्बई आइल रहले आ राजश्री प्रोडक्शन हाउस में बतौर स्पॉट ब्याय से आपन कैरियर शुरू कइले रहले. दू साल ले स्पॉट ब्वाय के काम कइला का बाद अपना काबिलीयत के दम पर बतौर लाईट मैन काम करे लगलें. नाहियो त चालीस गो हिन्दी फिलिमन में लाईट मैन रहल बाड़े नारायण महतो. बिहार के होखला का चलते आ अपना भाषा से लगाव का चलते उ 2004 में बिहार लवटि अइलन आ एहीजे भोजपुरी फिलिमन में लाईट मैनी करे लगलें. एह काम में मुम्बईओ के लोग उनकर खासा मदद कइल. अब नारायण महतो बतौर प्रोड्यूसर फिलिम ’’बिवाद’’ बनावे जात बाड़न जवना में नीरज कुमार ’’मास्टर साहब’’, राजेश सिंह, सुनिल गौरव, आ विजय खरे के खास सहयोग बा.
अब देखे के बा कि नारायण महतो प्रोड्यूसर बन के कवना तरह के फिलिम भोजपुरी समाज आ इन्डस्ट्रीज के देत बाड़न.
(कुन्दन राज)