भोजपुरी फिल्म लाट साहब २१ मई के बिहार झारखण्ड के सिनेमा हाल में रिलीज होखे जा रहल बा.
फिल्म देखेवालन में से एगो विजेता के निर्माता के अगिला फिल्म में काम करे के मौका मिल सकेला. हर दर्शक अपना टिकट का पीठ पर आपन पूरा नाम पता लिख के सिनेमाहाल में राखल एगो बाक्स में डाल दीहि. आखिर में सगरी टिकट बटोर के ओह में से विजेता के टिकट मौजूद लोगन का सामने निकालल जाई आ जेकर टिकट निकली ओकरा के निर्माता अपना अगिला भोजपुरी फिल्म में काम करे के मौका दीहें.
लाट साहब एगो आम यादव परिवार के लाडला के कहानी बा जेकरा दोसरा धर्म के लड़की से प्यार हो जात बा. फेर ओकरा बाद जवन कुछ होत बा तवना में इमोशन, रोमांस, ट्रेजडी, कामेडी, एक्शन सब कुछ बा. फिल्म लाट साहब के आपन वेबसाइट बा. ओह वेबसाइट पर रउरा ओकरा बारे में पूरा जानकारी ले सकीलें.
252 total views, 2 views today
BHOJPURI KI KAI DARZAN FILME HAIN JISKA APNA WEBSITE HAI. PAHLI FILM BAANKE BIHARI MLA THI