akshara-vampभोजपुरी के चर्चित अदाकारा अक्षरा सिंह के अबही ले भोजपुरिया दर्शक रोमांटिके अंदाज़ में देखत आ पसंद करत आइल बाड़े बाकि पहिला बेर अक्षरा सिंह के एगो अनोखा अंदाज़ दर्शकन के खूब लुभावे लागल बा आ देखे वाला लोग थपड़ी पीटे ला मजबूर होखत बा.

अक्षरा सिंह के इ अनोखा अंदाज़ लउकत बा निर्देशक कुमार विकल के फिलिम “करेला कमाल धरती के लाल” में. साल २०१४ के पहिलका रिलीज एह फिलिम के बनवले बाड़े यु एस प्रसाद.

एहमें पवन सिंह, मोनालिसा, अंजना सिंह, संचित कुमार वगैरह कलाकारन के बीच अक्षरा के कातिलाना आ खूंखार अंदाज़ दर्शकन के बहुते रोमांचित करत बा. अक्षरा बतावत बाड़ी कि उनुका ला इ नया प्रयोग रहुवे. जब कुमार विकल एह किरदार का बारे में बतवले तबहिए उ एकरा के करे ला बहुते उछाह में आ गंइल रही.

रिलीज का बाद जब उ आमदर्शकन का साथे एह के देखली त उनुका हर सीन आ संवाद प दर्शकन के ताली सुन के बहुते सुकून मिलल.

अब एकरा बाद अक्षरा के रिलीज होखे वाली फिलिम “प्रतिज्ञा २” बा जवना में उ एगो बार गर्ल के भूमिका में बाड़ी. एहु फिलिम में अक्षरा प फिलिमावल एगो गाना आजुकाल्हु भोजपुरी जगत में धूम मचवले बा.


(उदय भगत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: