सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ हॉट गर्ल अंजना सिंह के जोड़ी भोजपुरी फिलिम ‘वर्दी वाला गुन्डा’ में नजर आवे वाली बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ बालाजी सिनेविजन प्रा०लि० के प्रस्तुति एह फिलिम में निरहुआ पुलिस इंस्पेक्टकर के भूमिका में बाड़न आ अंजना उनकर नायिका बाड़ी, एह जोड़ी पर एक से एक लाजवाब गाना आ सीन फिलिमावल गइल बा. निर्देशन कइले बाड़े ‘जिगर’ आ ‘विजयपथ’ जइसन हिन्दी फिलिमन के निर्देशक रहल अहमद फरोग सिद्दीकी.
निर्माता पप्पु भाई आ राजेश सिंह के एह फिलिम के कलाकारन में निरहुआ, अंजना सिंह, शशिमोहन सिंह, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, गौरी शंकर, गोपाल राय, रजनीश झॉजी, आ अवधेश मिश्रा बाड़ें. लेखक संतोष मिश्रा, गीतकार विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव ‘कवि’, संगीतकार मधुकर आनंद, छायांकन अकरम खान के, नृत्यगुरू पप्पू खन्ना आ रामदेवन, एक्शन मास्टर दिलीप यादव आ कार्यकारी निर्माता आशीष ठाकुर.
एह फिलिम में अभिनेत्री दिव्या द्विवेदी पर खास आईटम गीत फिल्मावल गइल बा, आजुकाल्ह एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम होखत बा.
(प्रशांत निशांत)