NIRAHUA1भोजपुरी सिनेमा के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के 50वी फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ भोजपुरी फिल्मोद्योग में आस जगा दिहले बावे. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट, निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० आ राहुल खान प्रोडक्शन्स के ई फिलिम बिहार-झारखंड में शानदार बिजनेस कइले बिया.

सुपरस्टार निरहुआ के एह फिलिम के अक्षय कुमार के हॉलीडे का साथही रिलीज कइल गइल रहे. फेर फगली, हमशक्ल्स, एक विलेन जइस बड़हन हिन्दी फिलिमनो से मुकाबलरा करे के पड़ल. एकरा बावजूद ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ बिहार के 33 गो सिनेमाघरन में चउथो हफ्ता में शानदार व्यवसाय कइले जात बा.

तीने हफ्ता में एह फिलिम के नेट कलेक्शन 75 लाख पार क गइल बा. फिलिम देखे ला गाँव-गाँव से मेहरारूवन के भीड़ उमड़त बा. हर जगहा एकरा दर्शकन के प्यार मिलत बा.

एह सफलता से भोजपुरी फिल्मोद्योग में खुशी के लहर दउड़ गइल बा. साबित हो गइल बा कि बढ़िया फिलिम जबो आई ओकरा सफलता मिलही के बा. भोजपुरी सिनेमा के दर्शक काल्हुो रहले, आजुओ बाड़े आ काल्हुौ रहीहें. जरूरत बा बस बढ़िया फिलिम बनवला के.

गौरतलब इहो बा कि निरहुआ के वादा रहल कि उनकर पचासवीं फिलिम सभका ला तोहफा होखी आ फिलिम के मिलत सराहना बतावत बा कि निरहुआ आपन वादा निभा दिहले बाड़न.

निर्माता प्रवेशलाल यादव आ राहुल खान के एह फिलिम के निर्देशन सतीश जैन कइले बाड़न. कलाकारन में निरहुआ का साथे आम्रपाली, गोपाल राय, किरण यादव आ अयाज खान के प्रमुख भूमिका बा. एह फिलिम के बिहार में प्रचारक प्रशांत निशांत के वितरण कंपनी रेणु विजय फिल्म्स वितरित कइले बिया.


(प्रशान्त-निशान्त)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: