VijayPath-egoJung
पिछला दिने एस एस फिल्म फैक्ट्री अपना दुसरकी फिलिम ‘विजय पथ – एगो जंग’ के शूटिंग रमजान के पहिला दिने पूरा करा लिहलसि. एह दिन शूटिंग के सेट पर जहां एक ओर विजय वर्मा, आदित्य मोहन, प्रिया शर्मा आ अमरीश सिंह डांस मास्टर कानू मुखर्जी के निर्देशन में ठुमका लगावत रहले त दोसरा ओर निर्मात्री शाहजहान शेख के बोलहटा पर कलाकारन से मिले सपरिवार आइल रहले भोजपुरी समाज आगरा के अध्यक्ष, विश्व भोजपुरी सम्मलेन के समन्वयक आ इंडियन डायसपोरा सेंटर मारीशस के सदस्य अशोक चौबे.

अशोक चौबे ‘विजय पथ – एगो जंग’ फिलिम के यूनिट के सगरी सदस्यन के शुभकामना दिहले आ उमेद जतवलन कि भोजपुरी भाषा के जल्दिए संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल क लिहल जाई. कहलन कि एह बाबात एगो भोजपुरी प्रतिनिधि मंडल मोदी सरकार से भेंट करे वाला बा. कहलन कि भोजपुरी क्षेत्र (ए बी सी डी) आरा, बलिया, छपरा, देवरिया के राजधानी कहाए वाला बनारस देश के नरेन्द्र मोदी जइसन बरियार प्रधानमंत्री दिहले बा जेकरा से भोजपुरी समाज आ भोजपुरी सिनेमा के ढेरहन उमेद बा.

अशोक चौबे सभे के अगिला 3 दिसंबर के आगरा में होखे जा रहल विश्व भोजपुरी सम्मलेन में नेवतले आ कहलन कि ओहिजा आ के अपना फिलिम के प्रमोशन करी सभे. एह फिलिम से अपना फिल्मी केरियर के शुरुआत करत मिस्टर ग्लैमर ऑफ बिहार रह चुक; आदित्य मोहन से खास उम्मीद जतावत अशोक चौबे कहलन कि ई नीमन बाति बा कि अब भोजपुरी सिनेमा में गायकन का साथ ही माडलिंग आ थियेटरो का दुनिया से अभिनेता आवे लागल बाड़न.


(रामचंद्र यादव)

 391 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: