गायत्री सिने बैनर के फिलिम ‘मंगल फेरा’ ६ जून के मुंबई में रिलीज़ होखे जात बा. ढेर दिन बाद विनय आनंद सिनेमा का परदा प नजर आवे वाला बाड़े. जाने जोग बा कि एह फिलिम के अबले तीन गो अंतर्राष्ट्रीय अवार्ड मिल चुकल बा.
निर्देशक श्रीधर शेट्टी, निर्मात्री गायत्री राठोड, संगीतकार राकेश द्विवेदी, गीतकार मुन्ना दुबे, राकेश निराला, दशरथ राठोड, कहानीकार दशरथ राठोड, कोरिओग्राफर आश्विन मास्टर, आ फाइट मास्टर सनो कुमार हउवे.
एह फिलिम के कलाकारन में विनय आनंद का अलावे अपूर्वा, श्रीककांणी, सीमा सिंह, जाफर खान, दशरथ राठोड वगैरह शामिल बाड़े.
(संजय भूषण पटियाला)
219 total views, 2 views today