janeman_poster“तू ही तो मेरी जान है राधा” का बाद विराज भट्ट एगो अउर रोमांटिक एक्शन पैक्ड फिलिम करे जात बाड़े जवना के नाम ह “जानेमन”.

एह फिलिम मे विराज भट्ट का साथ ही सूपर स्टार खेसारी लाल यादवो नायक बाड़े. दुनू जने एहसे पहिले पिछला साल के माईंड ब्लोइंग फिलिम “जान तेरे नाम” कइले रहले.

जानेमन के निर्देशक हउवे अरविन्द चौबे.

विराज भट्ट के कहना बा कि एह फिलिम मे मनोरजन के सगरी मसाला सही अंदाज में बा एहसे दर्शक एह फिलिम के खूब पसंद करीहे. फिलिम के मुहुर्त मुंबई में होखे जात बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: