विराज भट्ट पर चलल ग्लोरी क जादू, ‘कसम वर्दी के’ सेट पर भइलन बेकाबू

by | May 27, 2013 | 0 comments

KasamVardiKeपिछला दिने क्लासिकल फिल्म्स के भोजपुरी फिलिम ‘कसम वर्दी के’ के शूटिंग चांदीवली स्टूडियो (मुंबई) में चलत रहल. नायक बाड़ें विराज भट्ट. अब विराज भट्ट नाम लिहनी त एकर सीधा मतलब होला धूम-धड़ाका, ढिशुम-ढिशुम! लेकिन, एहिजा कूछ अउर नजारा चलत रहुवे. विराज ‘ही मैन’ से रोमियो बन चुकल रहलें. देखनी कि जींस पर हरियर आ करिया चेक के फुल शर्ट पहिनले बाड़न, करिया चश्मो लगवले बाड़न आ गर्दन में पट्टा, माफ करीं, गमछो लहरात बा. हारमोनियम पर भाड़ा के आशिक जस रोमांटिक पींग हांकर रहलें अयाज खान, लेकिन ई चम-चमात लड़िकी कवन ह, जेकरा ला दिवाना भइल जात बाड़न विराज भट्ट? अरे ई त ग्लोरी हई. ग्लोरी?? बड़ा चमकीला नाम ह तबहिए नू अतना चकाचौंध पैदा करत बाड़ी कि निकहा बांका जवान (विराज) ओकरा पीछे लट्टू होखत बा.

भई ई माजरा का ह ? त फिलिम ह ‘कसम वर्दी के’ आ सीन चलत बा रोमांस के. सीधे निर्देशक दिनेश यादव का लगे चहुँपली त ऊ बतवलें कि ‘कसम वर्दी के’ एगो एक्शन-थ्रिलर ह. जवना का मूल में बदला के कहानी बा. खीस में भा कुछ कर गुजरे का ताव में इंसान जब कवनो किरिया खा लेला त अइसनका में कवनो बंदिश ना होखे. आपके मन कि कब कवना चीज के निशाना पर ले ले. बदला लेबे के सभकर आपन अंदाज होला. हमरा फिलिमों में आप सगरी कुछ नया अंदाज में देखब, एह सीन में विराज असल में ग्लोरी पर दीवाना नइखन बस सभे आपन आपन दाँव फेंके का फिराल में बा.

निर्माता हउवें कांतिलाल पी. मारू जे पुरान रुस्तम हउवें. एक जमाना में राजेश खन्ना, परेश रावल, शफी ईनामदार संगे रंगमंच पर सक्रिय रहलें. एक बेर दिनेश यादव के फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ देख लिहलें त तय कर लिहलें कि दिनेश यादव के निर्देशक में एगो फिलिम बनावहीं के बा आ फेर बने लागल ‘कसम वर्दी के’ के योजना. पत्रकार से निर्देशक बनल दिनेश यादव के ई फिलिम पूरा तरह से एगो साफ सुथर मसाला फिलिम होखी.

‘कसम वर्दी के’ में कलाकारन के पूरा फौज बा. कहे के त वर्दी के कसम बा बाकिर पूरा फिलिम में विराज भट्ट कबो वर्दी पहिनलही नइखन. बाकी बात त बस सिनेमाघरे में सोझा आ पाई. नायिका बाड़ी मोनालिसा आ उनुको भूमिका अलबेला बा. एह लोग का बीच एगो मदन मोहनो बाड़ें आ आमने सामने बाड़ें नम्बर वन खलनायक संजय पांडेय, अवधेश मिश्रा आ अयाज खान. एहलोग के अलावे आनंद मोहन, मनोज टाईगर, प्रकाश जैस, प्रिया शर्मा, रत्नेश वर्णवाल, तेज यादव, आ किरन यादव के अलावे सीमा सिंह, सम्भावना सेठ आ ग्लोरी के आईटम नम्बर बा. गीतकार बाड़ें प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती, संगीतकार प्यारेलाल यादव, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ कहानीकार बाड़ें. लालजी यादव.

बिहार के मोतिहारी आ मधबनी आ अब मुंबई में शूटिंग का साथही एह फिलिम के शूटिंग अब पूरा हो गइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा..


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up