Shivani-muhurt
पिछला दिने पनवेल के सुर्वे फार्म (स्वप्न नगरी) में फोर्टे फिल्म के बैनर में बनत फिलिम “शिवानी के ललकार” के भव्य मुहूर्त पूरा यूनिट का साथे मीडियाकर्मियन का बीच कइल गइल.

निर्माता अनंत श्रॉफ आ सुरेश महेश्वरी अपना फिलिम के आगाज़ पर बहुते उत्साहित रहले आ मीडिया कर्मियन के फिलिम से जुड़ल जानकारी दिहले.

नायिका बाड़ी सुपरस्टार पाखी हेगड़े. कहानी बाप बेटी के भावनात्मक संबंधन प आधारित बा. एह महिला प्रधान फिलिम के कथा आ पटकथा लेखक अउर निर्देशक श्रीनी अल्ल्मसेट्टी हउवे. गीत-संगीत आ संवाद विनय बिहारी के बा. फिलिम मे चार गो आयटम नंबर बा जवना के तड़का लगावत बाड़ी भोजपुरी के आईटम क्वीन सीमा सिंह आ साथी कलाकार. निर्माण नियंत्रक अरशद शेख ‘पप्पू’ आ नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी हउवे.

मुख्य कलाकारन में कुणाल सिंह, पाखी हेगड़े, उत्तम मिश्रा, बबलू यादव, भोला यादव, राघवेन्द्र, प्रेरणा सुशमा, पल्लवी, राजू सिंह आ कानू मुखर्जी शामिल बाड़े.

शूटिंग अगिला हफ्ता से पनवेल के लोकेंशनन पर होखी.


()

Loading

By Editor

%d bloggers like this: