SubhhiSharma1भोजपुरी सिनेमा के अदाकारा शुभी शर्मा ला साल 2013 बहुते शुभ रहल. एह साल शुभी के पाँच गो फिलिम रिलीज भइली सँ.

शुभी शर्ना के एह साल रिलीज फिलिमन में बनारसवाली, वीर बलवान, टाईगर, तेरी कसम आ छपरा एक्सप्रेस शामिल रहल. सगरी फिलिम बाक्स आफिस प बढ़िया प्रदर्शन कइली सँ. एह फिलिमन में शुभी के अभिनय के खूब तारीफ मिलल आ दर्शक खूबे पसंद कइले.

एकरा अलावे दुल्हे राजा फिलिम में अपना खास डांस नंबरो ला शुभी खूबे सराहल गइली. साल २०१३ में अपना प्रदर्शन से शुभी बहुते खुश बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)
(२८ दिसंबर १३)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: