भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा शुभी शर्मा जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ‘‘तेरी कसम’’ में एगो टी॰वी॰ रिपोर्टर के भूमिका में बाड़ी. किरण नाम के ई लड़की एगो टीवी न्यूज चैनल के पत्रकार हई जे फिलिम में नायक बनल खेसारीलाल यादव के बेगुनाह साबित करवा देत बाड़ी. खेसारी के एगो अपराधी गलत मामिला में फँसा देत बा बाकिर पत्रकार बनल शुभी ओह मामिला के खुलासा करा देत बाड़ी आ ओह असल गुंडा के बेनकाब कर देत बाड़ी.
फिलिम में पत्रकार बनल शुभी शर्मा के नायक बनल खेसारीलाल संगे लव एंगलो देखावल गइल बा. फिलिम के निर्देशक अनिल सिनकर हउवें.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments