Jaaneman-shootश्रेयस फिल्मस् के बैनर तले बनत रोमांटिक कॉमेडी एक्शन फिल्म ‘जानेमन’ के शुरूआत मकर सक्रांति का मौका प मुंबई के कृष्णा स्टुडियों में खेसारीलाल आ इन्दू सोनाली के आवाज में गावल गाना के रिकार्डिंग संगे कइल गइल.

वाराणसी के निवासी आ पुणे के भवन निर्माण व्यवसायी प्रेम राय निर्मित आ आरा के तेतरिया निवासी अरूण सिंह सह-निर्मित एह फिलिम के निर्देशक अरविंद चौबे हउवे.

एहमे खास किरदार खेसारी लाल यादव, विराज भट्ट, काजल राघवानी, प्रियंका पांडेय, शिखा मिश्रा, अनुप अरोड़ा, अनुप जलोटा, शकीला मजीद, सत्य प्रकाश सिंह, संजय पाण्डेय आ नयका गायक अनिल लाल यादव के बा.

गीतकार प्यारेलाल यादव, मनोज मतलबी, आजाद सिंह, विभू विभाकर, छायांकन प्रमोद पाण्डेय के, एक्शन दिलीप यादव, आ संगीतकार घुंघरू हउवन.

बकौल निर्माता प्रेम राय व सह-निर्माता अरूण सिंह ‘जानेमन’ एगो रोमांटिक म्युजिकल एक्शन फिलिम ह. एकर स्टार्ट टू फीनिश शूटिंग 15 जनवरी से मुंबईए के लोकेशन पर हो रहल बा.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: