श्रीदेवी के बाद अब रिंकू घोष के नगीना

RajKumarPandey-with-RinkuGhoshहिन्दी सिनेमा में श्रीदेवी के चर्चित फिलिम “नगीना” के आजुओ लोग भुलाइल नइके. श्रीदेवी आ ऋषि कपूर के मुख्य जोड़ी वाली ई फिलिम ५० सप्ताह से अधिका चले के रिकार्ड तोड़ बिजनेस कइले रहुवे. अब एही नाम से एगो भोजपुरी फिलिम राज कुमार पांडे बनावे जात बाड़ें जवना में नायिका बाड़ी रिंकू घोष.

रिंकू एह बारे में अबहीं अधिका कुछ बतावे के तइयार नइखी बाकिर अतना जरूर बतावत बाड़ी कि ई राजकुमार पांडे जी के ड्रीम प्रोजेक्ट ह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Advertisements