संगीत निर्देशन में डूबल बाड़न छोटे बाबा

by | Feb 6, 2013 | 0 comments

ChhoteBabaअनेके भोजपुरी फिलिमन में हिट संगीत देवे वाला संगीतकार छोटे बाबा एह साल के शुरुए से व्यस्त हो गइल बाड़ें. काहे कि उम्दा संगीत के तलाश आम संगीत प्रेमियन क साथही हर निर्मतो-निर्देशक के रहेला. एही वजह से बढ़िया गीत चुने, निर्माता, निर्देशकन से मीटिंग सीटिंग करे, आ बढ़िया संगीत बनावे में ऊ दिन पर दिन व्यस्त होखल जात बाड़ें. बाकि एकरा बावजूद छोटे बाबा नयका-पुरनका निर्माता-निर्देशक आ गायकनो के ओतने समय दीहें जतना देत आइल बाड़ें.

एगो सवाल के जवाब में छोटे बाबा बतवलें कि *संगीत क शौक हमरा बचपने से रहल बा, बाकि आजु जब बढ़िया संगीतकारन में हमार नाम लिहल जात बा त हमरा बहुते ख़ुशी होला. संगीत निर्देशन में व्यस्त ज़रूर बानी बाकि काम के बढ़िया से पूरा कइल हमार पहिलका काम होला, हर फिलिम के संगीत हमरा ओतने प्रिय होला जतना एगो माई के आपन बेटा. हम हमेशा बढ़िया संगीत बनावल चाहीलें काहे कि आदमी के असल पहचान ओकर कामे होला.”

छोटे बाबा के संगीत निर्देशन गरदा, जियत रहनी तोहरे खातिर, दुल्हिन, विराज तड़ीपार, एक लैला तीन छैला आ बलमा बिहार वाला में सुने के मिली. उनके निर्दशन में गायक मनोज तिवारी के एतिहासिक अल्बम *जय बिहार …* चरचा के विषय बनल बा.


(अपना न्यूज़)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up