OmPrakashYadavढेर दिन बाद कवनो भोजपुरी फिलिम के सेंसर बोर्ड से यू सर्टिफिकेट मिलल बा आ ई सम्मान मिलल बा निर्माता हलचल सिंह आ निर्देशक ओमप्रकाश यादव के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के. फिलिम में महिला समाज के सम्मान बढ़ावे आ बेटी कवनो अभिशाप ना होले के नारा बुलंद भइल बा.

मैनास प्रोडक्शन प्रा. लि. के बैनर तर बनल एह फिलिम में भोजपुरिया संस्कृति से जुड़ाव, माटी के खुशबू आ भाषा पर पूरा धेयान दिहल गइल बा. साथही भोजपुरी फिलिमन में आए दिन परोसात फूहड़ दृश्य, दूअर्थी संवाद, आ आईटम सॉंग से अलगा रहत साफ़ सुथर पारिवारिक परिवेश देखावल गइल बा.

एह फिलिम के भव्यता आ निर्माण के तारीफ करत सेंसर बोर्ड के सदस्य एकरा के सन्देशपरक फिलिम बतवले बाड़े आ कहले बाड़े कि अगर एह फिलिम से भोजपुरी सिनेमा के दशा आ दिशा बदलत बा त हर निर्माता के ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ जइसन फिलिमन के ओर रुख करे के पड़ी.

फिलिम ‘सजना सजाई द मंगिया हमार’ के निर्माता हलचल सिंह, लेखक निर्देशक ओम प्रकाश यादव (ओम जी ), कार्यकारी निर्माता डॉ. कुलदीप सिंह, गीतकार राकेश निराला अउर कन्हैया कुशवाहा, संगीतकार राकेश निराला, छायांकनकर्ता विनोद के शर्मा, नृत्य निर्देशक मयंक अशोक अउर गणेश के सपना, आ संकलनकर्ता कुणाल प्रभु हउवें.

मुख्य कलाकारन में अरविन्द अकेला ‘कल्लूजी’, नेहा श्री, रविराज दीपू, अर्चना सिंह, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, शफीक रंगरेज़, प्रीती सिंह, अमित कुमार, जावेद रहमान, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप आ सुरेन्द्र पाल वगैरह बाड़े.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

One thought on “‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के सेंसर से ‘यू’ सर्टिफिकेट मिलल”

Comments are closed.

%d bloggers like this: