फिल्मकार आ लेखक महेश पांडे के फिलिम ‘सपूत’ 28 जून के बिहार में धमाकेदार ढंग से रिलीज हो गइल. ओपनिंग बढ़िया मिलल बा. हर जगहा सबरेही से लमहर लमहर लाइन लागल रहे दर्शकन के आ हाउसफुल के बोर्ड जल्दीए टंगात गइल. दू गो नायक बाड़े एह फिलिम में खेसारीलाल यादव आ मनमोहन तिवारी. अउरी कलाकारन में मनोज वर्मा, काजल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, उमेश सिंह, मनोज टाईगर, संजय पाण्डे आ नवोदित नायिका खुशबू बाड़ी.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
229 total views, 2 views today