गरदा में आपन अलगा पहचान बनइहें साहिल शेख
हर तरह के भूमिका करे में महारत हासिल अभिनेता साहिल शेख एगो नया रूप में परदा पर आवे वाला बाड़न. उनकर ई छवि एस एस फिल्म फैक्टरी के परोसल आ एस के फिल्म्स के बनावल फिलिम “गरदा” में देखे के मिली. एह फिलिम में साहिल शेख एगो पुलिस इंसपेक्टर के किरदार में बाड़न.
कप्तान गंज, कुशी नगर, गोरखपुर निवासी साहिल शेख अपना करियर के शुरूआत महुआ टी वी के धारावाहिक “सा से सरस्वती” से कइले रहले आ पहिलका फिलिम रहल “दामाद चाही फ़ोकट में”.
साहिल के आवे वाली फिलिमन में गरदा, लड़ाई, एक लैला तीन छैला, ज़वानी ज़िंदाबाद आ हिंदी फ़िलिम द लेख के नाम शामिल बा.
(रामचंद्र यादव)
172 total views, 1 views today