भोजपुरिया डॉन अन्तर्राष्ट्रीय फिल्म समारोह में

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी के सुपर डुपर हिट फिल्म भोजपुरिया डॉन के इन्टरनेशनल फिल्म फेस्टिवल आफ इण्डिया २०१० का पैनारोमा में शामिल कर लिहल गइल बा. मनोज तिवारी पहिलका भोजपुरी स्टार हउवन जिनका फिल्म के एह फिल्म फेस्टिवल में शामिल कइल गइल बा. भोजपुरी के ई पहिलका फिल्म ह जवना के आईएफएफआई में देखावल जाई.

भोजपुरिया डॉन के निर्माता भरत जैन के फिल्म फेडरेशन आफ इण्डिया का तरफ से एह बात के सूचना भेजल गइल बा. एकरा बाद से दुनु निर्माता भरत जैन आ राकेश कोहली, निर्देशक रवि सिन्हा, आ नायक मनोज तिवारी के बधाई पर बधाई मिल रहल बा.

समारोह में एह फिल्म के भोजपुरिये में देखावल जाई आ सबटाइटिल अंगरेजी में रही. मनोज तिवारी एकरा के भोजपुरी सिनेमा के अंतर्राष्ट्रीय फलक पर चहुँपावे के एगो अउरी प्रयास बतवले बाड़न.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


अब भोजपुरी में बने जा रहल बा दरार

भोजपुरी सिनेमा में हिन्दी फिल्मन के नाम नकल करे के सिलसिला शुरु हो गइल बा आ ओहि कड़ी में एगो नाम अउरी जुड़ गइल बा दरार के. एह फिल्म के हीरो पवन सिंह के कहना बा कि बस नामे एगो बा ना त कहानी से लेके हर चीज नया बा. पवन सिंह के कोशिश रहेला कि अपना हर फिल्म में एगो नया रुप अपना प्रशंसकन खातिर देखावसु. अइसन ना होखे कि उनकर हाव भाव आ किरदार देख के दर्शकन के लागे ई त हम पहिलहू देख चुकल बानी !

दरार दू गो दोस्तन के कहानी बा जवना में कुछ कारण से दोस्ती में दरार पड़ जात बा. फेर कई गो समस्या आवत बा. फिल्म के अंत में कहानी के दिलचस्प खात्मा होखत बा.

अउरी जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


(स्रोत : मो॰खालिद)


दबंग सलमान से किंग निरहुआ के भिड़न्त
अबकी के ईद बिहार के सिनेमा प्रेमियन खातिर खास होखे जा रहल बा. एह साल ईद का मौका पर हिन्दी सिनेमा के दबंग नायक सलमान खान के मुकाबिला भोजपुरी सिनेमा के किंग निरहुआ से होखे जा रहल बा. सलमान के सबंग से टक्कर लेबे आ रहल बा निरहुआ के मृत्युंजय. भोजपुरी सिनेमा के वितरक एह मुकाबिला खातिर पूरा तईयारियो कर लिहले बाड़न. बिहार में मृत्युंजय के वितरण अधिकार बहुते भारी भरकम दाम पर कपूरचंद लिहले बाड़े. मृत्युंजय के एके साथ पचास गो सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


मुनियो पर भारी सईंया जी के बारी
हिन्दी फिल्म के सुपरहिट गाना मुन्नी बदनाम हुई पर भारी पड़े जा रहल बा मृत्युंजय फिल्म के गाना बकरी चरावे गइली सईंया जी के बारी…. फिल्म मृत्युंजय के एह गाना में निरहुआ, रिंकू घोष, मोनालिसा, आ संजय पाण्डे शामिल बाड़े.

एह फिल्म के इहो खासियत बा कि प्रवेश सिप्पी के बनावल आ जगदीश शर्मा के निर्देशित एह फिल्म के ट्रेलर इन्टरनेटो पर जारी कइल गइल बा. फिल्म के एह बहुते चर्चित गाना के जब इन्टरनेट पर डालल गइल त एकरा के डाउनलोड करे वालन के भीड़ लाग गइल. फिल्म के सगरी गाना लोग के पसन्द आ रहल बा.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


Loading

One thought on “सिनेमा का दुनिया से….”

Comments are closed.

%d bloggers like this: