PayalPandeyछपरा, बिहार जइसन खॉंटी भोजपुरिया इलाका में जनमल आ बढ़ल पायल पांडे भोजपुरी सिनेमा में ‘फूल और कॉंटे’ फिलिम से आपन शानदार शुरूआत कइले बाड़ी. मुख्य अभिनेत्री के भूमिका करे वाली पायल पांडे आजुकाल्हु भोजपुरी इंडस्ट्री के दिग्गज निर्माता-निर्देशकन क बीच चरचा में बाड़ी. अपना पहिलके फिलिम से अपना ठेठ भोजपुरिया अभिनय क्षमता से लोहा मनवावे वाली पायल आवेवाला दिन में कुछ अउरी बड़हन फिलिमन में नजर अइहें.

सिनेमा भोजपुरी के सगरी सुपर स्टार हीरो त भोजपुरिया हउवे आ ओह लोग के सोझा भोजपुरिया अभिनेत्रीओ होखे त बात सोना प सुहागा वाला होखी, ना त उहे ढ़ाक के तीन पात वाला रह जाई. भोजपुरी इलाका के आपन अलगा संस्कार, सभ्यता, रहन-सहन, नृत्य-संगीत, वेश-भुषा होले आ एह से फिलिमन में इंसाफ उहे कर सकेला जे एहिजे पलल बढ़ल होखे. जब सगरी अभिनेता भोजपुरिया होलें त अभिनेत्रियों के मामिला में इंडस्ट्री पता ना काहे बेइमान हो जाला. अगर फिलिमन से इंसाफ करे के बा त इलाका के अभिनेत्रियन के आगे ले आवही के पड़ी.

सुजीत कुमार पुरी आ अभय सिन्हा के सहायक रह चुकल अजय यादव एह फिलिम के निर्देशक हउवन. एह में पायल पांडे के नाच के लाजबाव नजारा त लउकबे करी साथही उनकर अभिनय शैली देख के तनिको ना बुझाई कि ई उनकर पहिलका फिलिम ह. पायल के मानना बा कि आवे वाला समय उनकर बा आ अपना अभिनय के तरह तरह के रूप से ऊ दर्शकन के मनोरंजन करत रहीहें. उनकर खॉंटी भोजपुरिया नृत्य उनुका के बाकी अभिनेत्रियन से अलग करत बा. आत्मविश्चास भरल उनकर अभिनय देखते बनत बा. पायल चुनिन्दे फिलिम कइल चहीहें जवना में उनकर किरदार बढ़िया होखे आ निर्देशक टैलेंटेड आ विजन वाला होखे.


(संजयभूषण पटियाला)

Loading

By Editor

One thought on “सिनेमा भोजपुरी के नईकी सनसनी पायल पांडे के जलवा”

Comments are closed.

%d bloggers like this: