पिछला दिने बनारसी फिल्म्स एण्ड न्यूज ज्वांयट वेंचर के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म सेजिया भइल अँजोर के शुभ संगीतमय मुहुर्त संपन्न भइल. एह फिल्म में आठ गो गाना बाड़ी सँ जवना के संगीतकार श्याम पात्रा के सजावल संगीत धुन पर मो॰अजीज, उदित नारायण, साधना सरगम, सोहन, जावेद अली, पामेला जैन, आ तरूणम गवले बाड़न जा. एह पारिवारिक फिल्म में कामेडी के प्रधानता रही

Muhurt of Sejiya Bhail Anjor

सेजिया भइल अँजोर के शूटिंग जून से नेपाल आ बिहार के लोकेशनन पर कइल जाई. एह फिल्म से नवोदित अभिनेता अभय किशोर के प्रस्तुत कइल जहा रहल बा. फिल्म के निर्माता ब्रज किशोर, निर्देशक आशदेव सिंह, गीत विजय श्रीवास्तव, संगीत श्याम पात्रा, कथा पटकथा सत्येन्द्र स्वामी, छायांकन सुबोल दत्ता के बा. मुख्य कलाकारन में उत्तम किशोर, चुन्नू पाण्डेय आ नरेन्द्र वगैरह बाड़े.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

One thought on “सेजिया भइल अँजोर के मुहुर्त”

कुछ त कहीं...

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.