rinku-ghosh-t
रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा के ओह गिनल चुनल अभिनेत्रियन में से हई जिनका प नाज़ कइल जा सकेला. अइसनका अदाकारा ‘हर कुछ’ करे ला तइयार ना होखसु. रिंकू घोष खातिर मजगर पटकथा आ मतलब वाला किरदार बहुते मायने राखेला. रिंकू के फिलिम ‘खून भरी मांग’ प्रदर्शन ला तइयार बा, निर्देशक असलम शेख के फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ के शूटिंग करत बाड़ी आ राज कुमार पांडे अउर एम.आई.राज उनुका के अपना फिलिमन ला साइन कइले बाड़न.

पिछला दिने रिंकू घोष भोजपुरी मेगा स्टार आ अब भाजपा सांसद मनोज तिवारी संगे मुंबई के चांदिवली स्टूडियो में ‘औरत खिलौना नहीं’ के शूटिंग करत रहली जब उनुका से बतियावे के मौका मिलल. बतवली कि एह फिलिम में औरतन के मौजूदा हालात देखावल जात बा जहाँ उ रोज कवनो ना कवनो तरह के शोषण के शिकार बनत बाड़ी. रिंकू के किरदार एगो निडर कालेजिया लड़िकी के बा जेकरा औरतन पर होखे वाला अत्याचार मंजूर नइखे. असलियो जिनिगी में रिंकू एह तरह के खबर पढ़ सुन के खउले लागेली.

मनोज तिवारी का साथे बढ़िया जोड़ी बने का बात पर रिंकू कहली कि मनोज जी संगे काम करे के मतलब होला कि हमेशा कुछ नया सीखे के मौका मिलेला. निर्देशक असलम शेख संगे रिंकू के ‘विदाई’ आ ‘तुही मोर बालमा’ जइसन अनेके फिलिम हिट भइल बाड़ी सँ आ इनका उम्मीद बा कि इहो फिलिम सुपर हिट हो के रही. कहली कि एह फिलिम में कहीं कुछ नाटक ना लागी आ हर बात व्यवहारिक आ भरोसा करे जोग बनावल गइल बा.

जोड़ीदार कलाकारन का बारे में रिंकू कहली कि ई त निर्देशकन पर निर्भर करेला आ एहीसे उ कवनो फिलिम में मनोज तिवारी जइसन जमल जमावल कलाकारन का साथ त कबो चिंटू जइसन नवही कलाकारो संग आराम से काम क देखावेली.

बिआह के सवाल प किनार क जाएवाली रिंकू से जब पूछनी त हँस के कहली कि पहिले मनजोग लड़िका मिले तब नू. बतवली कि लव मैरिज करे के नइखे आ लड़िका चुने के काम उनकर बापे महतारी करीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: