SunilKKumarसिनेमा भोजुपरी में डा. सुनील कुमार के दबंग निर्माता आ वितरक मानल जाला बाकिर डा. सुनील खुद अपना के दबंग ना दिलेर मानेले. कहलें कि हम सिस्टम बदलल चाहीले बाकिर लोग हमरा साथे चले तब त. डा. सुनील के फिलिम नोट बरसावेली स. उनकर फिलिम ‘चाचा भतीजा’, ‘दामिनी’, ‘घायल योद्धा’ आ ‘दुर्गा’ सफलता के नया नया इतिहास रचली सँ. डा. सुनील पहिला भोजपुरी फिलिम निर्माता हउवन जिनकर दू गो फिलिम के शूटिंग एके साथ शुरु भइल. फिलिम रहली स ‘दिलेर’ आ ‘प्रेम दिवानी’.

डा. सुनील कुमार निर्माता आ वितरक होला क साथही बिहार के विधायको हउवें आ मीठ बोलिया आदमीओ. पिछला दिने ‘दिलेर’ आ दोसरा बातन पर उनका साथे भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जात बा

डाक्टर साहब, एक ओरी आप भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव के साथे ‘दिलेर’ ले आवत बानी आ दोसरा ओर चर्चित गायक राकेश मिश्रा के लांच करत बानी ‘प्रेम दिवानी’ से. का कहब?
हम कबो स्टार देखके स्क्रिप्ट ना बनवाईं. हम स्क्रिप्ट देखके स्टार बनाइले. दिलेरो में अइसने भइल. ‘प्रेम दिवानी’ ला निर्देशक दिनेश यादव कहलें कि स्क्रिप्ट चाहत बा कि कवनो नया हीरो आवे त बिहार के चर्चित गायक राकेश मिश्रा के लांच कर दिहनी.

राकेश मिश्रा संगे आप तीन गो फिलिम बनावत बानी, आ एगो वेब म्यूजिक के कुमार गौतम का साथे.
जी हँ! राकेश मिश्रा क काम ‘प्रेम दिवानी’ में देखनी त कमाल के एक्टर आ बेहतरीन परफार्मर लगलन राकेश. ‘प्रेम दिवानी’ के बादे हमरा दू गो फिलिमन के स्क्रिप्ट तइयार रहल जवना में राकेश मिश्रा के साईन कर लिहनी. एहमें से एगो के निर्देशन ‘दिलेर’ के निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी करीहें आ दोसरका के ‘दामिनी’ आ ‘दुर्गा’ के निर्देशक रहल शानू शाकिया.

राउर फिलिम सिनेमा भोजपुरी के रूटीन सिस्टम बदलेली सँ. बात चाहे ‘चाचा भतीजा’, के होखे भा ‘दामिनी’, ‘दुर्गा’ भा ‘घायल योद्धा’ के. आखिर रउरा सगरी फिलिमन के सफलता के राज का ह?
कवनो राज नइखे. हम राज रखबे ना करी पारदर्शिता पर भरोसा करीलें. चाहीलें कि भोजपुरी का रूटीन सिस्टम बदले बाकिर लोग साथ चले तब त.

का ‘दिलेर’ आ ‘प्रेम दिवानी’ फिलिमो सफलता के रिकार्ड बनइहें सँ?
बिल्कुल! ‘दिलेर’ होली पर सगरी सेंटर पर एके साथ रिलीज होखत बा, एहमें जइसन एक्शन बा वइसन भोजपुरी में अबले देखे के नइखे मिलल. हमरा एकरा पूरा टीम खासकर के निर्देशक सुब्बा राव गोसांगी, एक्शन डायरेक्टर वेंकट आ सुपर स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ पर गर्व बा. एकर संगीत हमरे कंपनी विजयलक्ष्मी इंटरनेशनल के दिहल बा जवन कि कमाल के बनल बा.

सुनत बानी कि पवनो सिंह के आफर दिहले बानी अपना एगो फिलिम ला?
हँ ओकर स्क्रिप्ट कमाल के बा आ निर्देशक चाहत बाड़े कि नायक पवने सिंह रहसु. एहसे पवन सिंह के एकर ऑफर कइले बानी.


(शशिकांत सिहं)

Advertisements