CaptainManojTiwari
सेलिब्रिटी क्रिकेट लीग में अबले के आपन दुनू मैच जीत चुकल भोजपुरी सितारन के क्रिक्रेट टीम भोजपुरी दबंग शनिचर ८ फरवरी १४ के कटक में तेलुगु वारियर्स से टकराई.

तेलुगु वारियर्स के कप्तानी दक्खिन भारत के मशहूर अभिनेता व्यंकटेश करीहें आ मैच साँझ सात बजे से शुरु होखी. भोजपुरी दबंग के कप्तानी मनोज तिवारी करेलें.

जान जाईं कि आपन दुनू मैच जीत चुकल भोजपुरी दबंग एह लीग के अंक तालिका में नंबर वन पर बिया. आ एकर सितारा चौका छक्का त लगावते बाड़े, अपना विरोधी टीम के विकेटो चटकावे में पीछे नइखन रहत.


(शशिकांत सि्ह, रजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: