भोजपुरी सिनेमा के दू गो चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह आ अंजना सिंह खातिर अबकी के ईद ढेरे खुशी ले के आइल. ठीक ईदे के दिन अक्षरा सिंह के “प्यार झुकता नहीं” बिहार में आ अंजना सिंह के “वर्दी वाला गुंडा” मुंबई में रिलीज़ भइ. “प्यार झुकता नहीं” शुरू के तीने दिन में अतना कलेक्शन बटोर लिहलसि जतना कवनो हिट भोजपुरी फिलिम हफ्ता भर में बटोरेला. एह फिलिम में अक्षरा सिंह एगो मॉडर्न लड़िकी के किरदार में बाड़ी आ उनकर नायक बाड़े नया अभिनेता शैलेश सिन्हा.
एही तरह अंजना सिंह के “वर्दी वाला गुंडा” फिलिम जबब ईद का दिने मुंबई में रिलीज़ भइल त सिंगल स्क्रीन सिनेमाघरन में रिकोर्डतोड़ बिजनेस कइलसि, फिलिम में बोलल अंजना सिंह के डायलागो दर्शकन का जुबान पर चढ़ गइल. एह फिलिम में अंजना के अपोजिट बाड़ें दिनेश लाल यादव निरहुआ. दुनु जने के ई पहिलका हिन्दी फिलिम हवे.
अक्षरा आ अंजना अपना फिलिमन के सफलता के कारक दर्शकन के प्यार बतावत बाड़ी आ एकरा के ईद के तोहफा मानत बाड़ी.
(उदय भगत)
0 Comments