अगिला दू साल ले निरहुआ हाउसफुल बा

by | Jun 28, 2010 | 2 comments

भोजपुरी सिनेमा के किंग आ जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव भोजपुरी के अकेला सितारा हउवन जे बाक्स आफिस पर सफलता के गारण्टी मानल जाले. साथ ही साथ उनका के जुबानो के पक्का मानल जाला. एही दू गो गुण का चलते भोजपुरी सिनेमा के हर निर्माा उनकर दिवाना बन गइल बा आ एही दिवानगी का चलते निरहुआ का लगे अगिला दू साल ले कवनो डेट खाली नइखे रहि गइल.

निरहुआ के ई डेट उनका रगुलर निर्मातन का लगे बा जइसे कि दुर्गा प्रसाद, अभय सिन्हा, आलोक कुमार, रामाकान्त प्रसाद, प्रवेश सिप्पी, कुमार मोहन, आ अशोक गुप्ता. ई लोग निहुआ के बड़ दाम दे के उनकर डेट अपना अपना फिल्मन खातिर खरीदले बा. एह साल का शुरु का छह महीना में निरहुआ लगातार पाँच गो हिट फिल्म दिहले बाड़न आ तीन गो अबही रिलीज होखे का तइयारी में बा. प्रवेश सिप्पी के भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय के पोस्ट प्रोडक्शन काम चल रहल बा आ लोफररणभूमि के संपादन के काम चल रहल बा. एह फिल्म के डबिंग का बाद निरहुआ निर्माता दुर्गा प्रसाद के दुश्मनी में लाग जइहें जवना के निर्देशन राजकुमार आर पाण्डे करत बाड़े.

एकरा बाद असलम शेख के रखवाला, अपने होम प्रोडक्शन निरहुआ इन्टरटेनमेंट के निरहुआ टाँगावाला, डी॰रामानायडू के टाइगर आ आलोक कुमार के गंगा जमुना सरस्वती के शूटिंग होखी. एही बीचे अशोक गु्प्ता के फिल्म जय हो कट्टा बाबा के शूटिंगो करा लिहल जाई.

निरहुआ के हमेशा कोशिश रहेला कि दर्शकन के स्वस्थ मनोरंजन मिले जवना के ऊ सिनेमाघर में भरपूर आनन्द उठा सकस. आ उनकर फिल्म से सामाजिक सरोकारनो के दरसावल जा सके.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

2 Comments

  1. OP_Singh

    It is very easy Mukesh Ji, start sending your mails to editor@anjoria.com

  2. Bhojpurikhoj.com

    हम एह वेबसाइट खातिर गाना,लेख,कैरियर और समाचार भेजल चाहत बानी का ओकर प्रकाशन संभव बा ।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up