बिहार के भागलपुर के बूढ़ानाथ चौक के मूल निवासी अनुराग सिंह अब बिहार के भोजपुरिया माटी के महक रूपहुला परदा पर महकइहें. आनुराग के दादा स्व. जागेश्वर प्रसाद सिंह आ पिता मनोज कुमार सिंह थियेटर करत रहलें. ओह लोग के अभिनय देखत अनुरागो का मन में लइकाइएं से अभिनेता बने के चाव जाग गइल रहे. बाकिर पिता के आदेश रहल कि पहिले पढाई पूरा करऽ आ ओकरा बाद जवन करे के मन करे तवन करीहऽ.
अनुराग सिंह स्कूल आ कॉलेज में अपना डांस आ अभिनय से सभकर मन मोह लेत रहलन. पढाई पूरा क के मुंबई के माया नगरी में आ गइलें किस्मत अजमावे आ शुरू हो गइल संघर्ष के सफ़र. एही दौरान फिलिम ‘बंधन प्यार के’ में नकारात्मक बाकिर दमदार किरदार करे के मौका मिल गइल बा.
एह फिलिम के पूरा शूटिंग उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद के खूबसूरत जगहन पर कइल जाई. निर्देशक हउवें अमरेन्द्र कुमार आ कहानी लेखक महेश उपाध्याय, पटकथा आ संवाद लेखक ए बी मोहन, नृत्य गुरू कानू मुखर्जी आ सुदामा मिंज, मारधाड़ निर्देशक हीरा लाल यादव.
मुख्य कलाकार रहीहे जय यादव, ज्योति सिंह, अनुराग सिंह, बबलू खान अउर हीरा यादव.
रामचंद्र यादव
0 Comments