अबकी के होली पर निरहुआ ‘दिलेर’ हो गइल

by | Mar 17, 2013 | 0 comments

Diler-NIrahuaसिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेशलाल यादव के दिलेरी अबकी का होली पर पूरा देश में देखे के मिली. फिलिम “दिलेर” 27 मार्च से पुरा देश मे रिलीज कइल जाई.

निर्माता हउवें मशहूर वितरक डा. सुनील कुमार, आ निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी. डा॰ सुनील आ गोसांगी के इंटरव्यू एही साइट पर अलग से पढ़ीं. कहानीओ खुद डा. सुनीले कुमार लिखले बाड़न जबकि स्क्रीनप्ले सुब्बा राव, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा आ प्यारे लाल ‘कवि’, गीत प्यारे लाल ‘कवि’. संगीत बावे विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के, कैमरा संचालन अमर के, मारधाड़ निर्देशन वेंकट के आ नृत्य निर्देशन दिलीप एंथोनी अउर कानू मुखर्जी के बा.

कलाकारन में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, अक्षरा सिंह, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, माया यादव, रीचामणि त्रिपाठी, टार्जन, रूपा सिंह, मंटूलाल, संजय पांडे अउर सीमा सिंह वगैरह.

दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ अर्जुन नाम के एगो ‘दिलेर’ के टाईटल भूमिका में बाड़न. निरहुआ एह फिलिम में बहुते खतरनाक एक्शन स्टंटस बिना कवनो डुप्लीकेट के कइले बाड़न आ कहतारें कि उनकर अबले के सबले बेहतरीन एक्शन सीन बा एह फिलिम में. आ शानदार संवाद अदायगी के नमूना होखी ‘‘किसकी मजाल है जो छेड़ दे दिलेर को, कुत्तों का झुण्ड काट सकता है ना दिलेर को’’.


(शशिकांत सिहं आ प्रशांत निशांत के अलग अलग रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up