आवत बिया ‘छपरा एक्सप्रेस’

by | Oct 26, 2013 | 0 comments

Khesari_Shubhi_ChapraExpressभोजपुरी परदा पर रोमांटिक एक्शन फिलिम ‘छपरा एक्सप्रेस’ धमाल मचावे खातिर तइयार बिया.

रामास् मूवी मेकर्स के परोसल, एस.एस. क्रियेशन्स् के बनावल फिलिम ‘छपरा एक्सप्रेस’ में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ शुभी शर्मा के प्रमुख भूमिका बा. निर्माता शिवनरायण बी. सिंह के एह फिलिम के निर्देशन कइले बाड़न प्रेमांशु सिंह जे एहसे पहिले ‘साजन चले ससुराल’, ‘देवरा पे मनवाँ डोले’ आ ‘भईया के साली ओढ़निया वाली’ जइसन सुपरहिट फिलिम निर्देशित क चुकल बाड़े.

‘छपरा एक्सप्रेस’ एगो छपरहिया नवही अर्जुन के कहानी ह. एहमें खेसारी आ शुभी के लव एंगल बा. साथी कलाकारन में आकाश सिन्हा, रश्मि गुप्ता, अजय सिंह, माया यादव, गौरी शंकर, नीलम पाण्डेय, प्रिया, सुबोध सेठ, आ राज प्रेमी बाड़े.

गीतकार हउवे प्यारेलाल यादव, संतोष पुरी आ कृष्णा बेददी. संगीतकार घुंघरू, कार्यकारी निर्माता प्रशांत द्विवेदी, ड्रेस डिजायनर कविता-सुनीता, एक्शन आर.पी. यादव, नृत्य कानू मुखर्जी अउर रामदेवन.

शूटिंग पूरा भइला का बाद एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम होखत बा. फिलिम के प्रोमो आ गाना देख लोग एकरा सफलता के अबहिए से चरचा करत बा.


(प्रशांत निशांत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up