भोजुपरी सिनेमा के मशहूर निर्माता आ वितरक डा. सुनील कुमार अपना नइकी फिलिम “प्रेम दीवानी” से बिहार के चर्चित गायक राकेश मिश्रा के सिनेमा में लांच करत बाड़न. फिलिम रिलीज होखे से पहिलही राकेश के धड़ाधड़ साइन करे लागल बाड़े निर्माता. खुद डा॰ सुनील अपना तीन गो फिलिमन ला राकेश के साइन कइले बाड़न. कहल गलत ना रही कि ‘प्रेम दिवानी’ के प्रदर्शन से पहिलही भोजपुरी इण्डस्ट्रीज में छा गइल बाड़ें राकेश मिश्रा.
बिहार के आरा जिला के मोहनपुर गांव के रहवईया राकेश मिश्रा का बारे में कहाए लागल बा कि मनोज तिवारी, दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पवन सिंह आ खेसारीएलाल क तरह उहो भोजपुरिया परदा पर काबिज रहीहें एह साल. पेश बा राकेश मिश्रा से भइल बातचीत के कुछ अंश
राकेश जी, पहिलके फिलिम से अतना बड़हन सेटअप, बड़हन निर्माता, बड़हन हीरोइन आ चर्चित निर्देशक दिनेश यादव के साथ मिलल. कतना दिवाना बानी आप अपना ‘प्रेम दिवानी’ ला?
बहुते उत्साहित बानी कि पहिलके फिलिम से अतना सीनियरन के सांथ मिलल. जहाँ ले दिवानगी के बात बा त हम वाकई ‘प्रेम दिवानी’ ला दिवाना बानी.
निर्माता डा. सुनील के बारे में का कहब ?
डा. सुनील कुमार त हमार गॉड फादर हईं. उनुका बारे में जतने कहब कम रही. हर कदम पर उहाँ के हमार मदद कइनी आ ई हमार खुसनसीबी बा कि हमरा के डा. सुनील जइसन बड़हन मेकर अपना फिलिम से लाँच कइलन.
कइसे प्लानिंग बनल फिलिमन क?
हमार कवनो प्लानिंग ना रहल. हम वेब म्यूजिक कंपनी ला अनेके एलबम कइनी आ एही एलबमन के सफलता से डा. सुनील अपना फिलिम से हमरा के मौका दिहनी.
अभिनय में अइला का बाद कइसन लागत बा ?
साँच बताईं त पहिले हमरा लागत रहे कि फिलिमन में मारधाड़ कइल मुश्किल होखत होई बाकिर जब ‘प्रेम दिवानी’ करे से पहिले एक्शन सीखनी त अब सब कुछ आसान लागे लागल बा. पहिला फिलिम का चलते सभे हमरा के सपोर्ट दिहल.
भोजपुवरी वर्ल्ड में कहल जाला कि गायक जब अभिनेता बनेला त दर्शक ओकरा के हाथों हाथ उठा लेले. मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव, पवन सिंह आ खेसारी लाल यादव के परंपरा बा एहिजा. का कहब ?
ई सगरी लोग हमार सीनियर ह. हमरा एह सबहीं के प्यार आ आर्शीवाद चाहीं.
आप खुद केकर फैन हईं?
आरा के पवन सिंह जी हमार बड़ भाई जइसन हईं. दिनेशलाल यादव जी बहुते सहयोग करीलें बाकिर हम मनोज जी के फैन हईं. मनोज तिवारी जी जवने करीलें ऊ नेचुरल लागेला आ हमरा ई बहुते पसंदो आवेला.
कहात बा कि साल 2013 में भोजपुरी जगत में आपके कब्जा होई?
हमार मनोबल बढ़ावे ला धन्यवाद. बाकिर हम बस काम करे में यकीन करीला.
निर्देशक दिनेश यादव के बारे में का कहब ?
दिनेश यादव जी शूटिंग के दौरान हमार दोस्त जइसन बन गइनी. बाकिर बतौर निर्देशक उनकर बहुते इज्ज़त करेनी,
रानी चटर्जी के बारे में ?
रानी चटर्जी बहुते मिलनसार सुभाव के हईं. उनकर ‘ससुरा बड़ा पईसा वाला’ हमार ऑल टाईम फेवरेट फिलिम ह.
संजय पांडे के बारे में?
संजय पांडे जी कमाल के खलनायक हईं.
सुननी ह कि प्रेम दिवानी करत घरी दिनेशोलाल यादव राउर हौसला बढ़वले?
दिनेश जी डा. सुनीले के फिलिम ‘दिलेर’ के शूटिंग करत रहीं. ओही दौरान हमनी के भेंट भइल आ दिनेश जी से हमरा बहुते कुछ सीखे के मिलल. कमाल के एक्टर हईं दिनेश जी.
डा. सुनील अपना तीन गो फिलिम ला आपके साईन कइले बानी ?
जी हँ ! हमरा ला खुशी के बात बा कि हम डा. सुनील जी के तीन गो फिलिम में बानी. साथही दुर्गा दादा अउर कुमार गौतमो जी के अगिला फिलिमन में बानी. चाहत बानी कि बेहतरीन फिलिम करीं. आ डा. सुनील के तीनों फिलिम, दुर्गा दादा के फिलिम अउर कुमार गौतम जी के फिलिम, पाँचो फिलिम हमार बेहतरीन फिलिम होखीहें सँ.
(शशिकांत सिंह)