भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द आ रानी चटर्जी के जोड़ी एह घरी भोजपुरी सिनेमा के हॉट केक बनल बा. दामिनी जइसन सुपर डुपर हिट फिल्म दिहला का बाद ई जोड़ी अब लउकी भोजपुरी फिल्म साँवरिया आई लव यू में.
शंभू पांडे प्रोडक्शन के एह फिल्म के निर्माण शंभू पांडे आ सी बी त्रिपाठी कइले बाड़े. निर्देशक बाड़े रामपाल सिंह. फिल्म में विनय आनन्द आ रानी चटर्जी के जोड़ी का साथ दीपक दूबे, गौरव घई, दिव्या द्विवेदी, नीरज भारद्वाज, रतन सिंह, अखिलेश शुक्ला, आ अली खान मुख्य भूमिका में बाड़न जा. मोहन दास के प्रस्तुति एह फिल्म के ले के विनय आनन्द आ दीपक दूबे दुनु जने बहुते खुश बाड़े काहे कि ओह लोग के भरोसा बा कि फिल्म सफलता के नया इतिहास रची.
फिल्म के गीत फणीन्द्र राव, प्यारे लाल, आ अरविंद तिवारी के लिखल ह. संगीत अमस श्लोक के बा. कोरियोग्राफी कइले बाड़ी ज्योति आनन्द. एक्शन गब्बर सिंह के बा.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)
0 Comments