pub-4188398704664586

एक्शन इमोशन से भरपूर फिलिम "धुरंधर – द शूटर" १२ जुलाई से बिहार में

by | Jul 15, 2013 | 0 comments

Dhurandhar-posterएक्शन इमोशन आ रोमांच भरल फिलिम “धुरंधर – द शूटर” १२ जुलाई के बिहार के अढ़ाई दर्जन सिनेमाघर में रिलीज़ हो गइल. एकरा बढ़िया ओपनिंग मिलल बा. ३२ गो सिनेमाघर में रिलीज़ भइल ई फिलिम पहिला दिने १,८८,२२७ रूपिया के नेट आ लगभग ३.५० लाख के ग्रोस व्यवसाय कइलसि जवन सिनेमा भोजपुरी में बड़हन ओपनिंग मानल जात बा.फिलिम साईं चलचित्र इंटरटेनमेंट के बैनर में बनल आ एह फिलिम के निर्मात्री हई रुक्मिणी तिवारी. निर्देशन कइले बाड़ें दीपक तिवारी.

“धुरंधर – द शूटर” में रवि किशन, संगीता तिवारी आ भोजपुरिया खलनायिकी के सिरमौर अवधेश मिश्रा के अलावा राजेश अवस्थी, प्रिया गमरे, ब्रजेश त्रिपाठी, बाल गोविन्द वगैरह खास भूमिका में बाड़ें. एकरे अलावे ती गो अलग अलग आयटम सांग पर संभावना सेठ, सीमा सिंह अउर सुनीता आपन जलवा बिखेरले बाड़ी. . फिलिम के प्रोमोशन खातिर फिलिम के कलाकार जगहे जगहे जा के दर्शकन से रु-ब-रु होत बाड़ें.

सुपर स्टार रवि किशन बतावत बड़ें कि “धुरंधर – द शूटर” फिलिम खास कर के छात्र राजनीति पर बनल बा. एहमें ऊ एगो अपराधिक छवि के नेता के करीबी का भूमिका में बाड़ें. फिलिम में उनकर अलग अलग अनेके शेड्स बा. रवि किशन क साथे “ए बलम परदेसी” से अपना फ़िलिमी कैरियर क शुरुवात करे वाली संगीता तिवारी शिवानी दीक्षित नाम के छात्रा के भूमिका में बाड़ी जे एगो बाहुबली के खिलाफ चुनाव लड तारी.

भोजपुरिया खलनायिकी के सिरमौर अवधेश मिश्रा के अपना किरदार के बारे में कहना बाकि ऊ बाहुबली दया शंकर मांझी के किरदार में बाड़न जे आपन कारनामा बहुते निर्दयी बन के अंजाम देला. रवि किशन उनकर हेंचमैन के किरदार में बाड़े. निर्देशक दीपक तिवारी के ई पहिला भोजपुरी फिलिम ह. एहसे पहिले ऊ अनेके मराठी आ हिंदी फिलिमन में आपन योगदान दे चुकल बारे.

गीतकार संजय कबीर, जीतू यादव आ एस . कुमार, संगीतकार गुनवंत सेन, कथा आ संवादलेखक सभा वर्मा, पटकथा लेखक गुनवंत सेन.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586