अक्षरा सिंह रोज नया नया किरदार खोजत रहेली आ एह बेर डॉन बने के सोचले बाड़ी. जइसन कि एह फोटो में लउकत बा समाज में अब मरदे ना मेहरारूओ लोग विलेन बने लागल बा. अइसने एगो विलेन किरदार जियत बाड़ी हिरोइन अक्षरा सिंह. हमेशा नया नया किरदार, रोज एगो नया लुक, नया खोज परोसे के आदी अक्षरा सिंह के ई विलेन किरदार देखे के मिली “धरती के लाल” में जवना में अक्षरा सुपर स्टार हीरो पवन सिंह से टकरइहें. निर्देशक हउवें कुमार विकल.
कबहीं नारी शक्ति के प्रतीक बन के “प्रतिघात” में, त कबो कवनो ‘दिलेर’ के प्रेयसी, त कबो “जिला टॉप” के चुलबुली, त कबो “एक बिहारी सौ पे भारी” के मुन्नी बदनाम, त कवो “कालिया” फिलिम के अल्हड़ गाँव वाली, कबो “बजरंग” के चोरनी, कबो “ठोक देब” के विलेन पसंद छोरी, आ अब खुद डॉन का किरदार में आवत बाड़ी राउर चहेती हिरोइन अक्षरा सिंह.
(भोजवुड न्यूज)
0 Comments