एगो नारी के संघर्षगाथा ह दामिनी

by | May 26, 2010 | 0 comments

भोजपुरी में अर्थवान फिल्म बनावे खातिर मशहूर विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के नया फिल्म दामिनी में एगो नारी के संघर्ष गाथा बा. फिल्म के प्रस्तुतकर्ता अनिल कुमार के कहना बा कि अगर एगो औरत महतारी, बहन, बेटी, पत्नी का रुप में आपन ममता, स्नेह, प्रेम देखा सकेले त चंडी बन के रावणरुपी इंसान के तबाहो बरबाद कर सकेले. कमोबेश इहे कहानी बा दामिनी के. साथही एकरा में शादी का फेरा लेत घरी सात वचन निभावे के कइल वादो देखावल गइल बा.

Rani Chatterjee with Vinay Anand in Damini

कुली आ चाचा भतीजा के अपार सफलता से उत्साहित निर्माता डा॰सुनील कुमार के एह फिल्म में एगो अइसन औरत के कहानी बा जे अपना पति के हत्या का बाद सामाजिक बुराई आ ढकोसला से लड़त अपना पति के हत्यारन से बदला लेत बिया आ समाज के गन्दगी बनल एह रावणरुपी इन्सानन के खात्मो करत बिया.

मनोज नारायण के लिखल कहानी, श्याम देहाती के गीत संगीत का साथ राजू राम प्रधान के छायांकन से बनल एह फिल्म के निर्देशक मनोज नारायण हउवें. फिल्म में तेरह गो गाना बा जवना के कुमार शानू, विनोद राठौड़, रजनीश, इन्दू सोनाली, साधना सरगमम कल्पना, गुड्डू रंगीला, आ अलका याज्ञनिक का आवाज में रिकार्ड करावल गइल बा. फिल्म के कलाकारन में विनय आनन्द, रानी चटर्जी, विराज भट्ट, रेखा, शाहबाज खान, नारायण प्रसाद, रश्मि, उषा पौड्याल, स्वाति वर्मा के नाम बा.

फिल्म बन के तइयार बा आ ११ जून के रिलीज होखे के बात कहल जा रहल बा.


(स्रोत : रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up