एगो प्रोड्यूसर जिन्दा रही त दस गो फिल्म बनाई : विनय आनन्द

आईपीएल का सीजन में जहाँ बढ़िया बढ़िया हिन्दी फिल्म सफलता खातिर तरसत रह गइली सँ विनय आनन्द के भोजपुरी फिल्म किसना कइलस कमाल कमाल कर के देखा दिहलस. विनय आनन्द भोजपुरी के अकेला सुपर स्टार हउवें जे शुरु त भइलें हिन्दी फिल्म से बाकिर आधा दर्जन हिन्दी फिल्मन में नायक के भूमिका कइला का बाद जब भोजपुरी से लगाव का चलते भोजपुरी सिनेमा में अइलें त एहिजा छा गइलें. आजु हालात ई बा कि उनकर एगो फिल्म के शूटिंग काठमाण्डू में त दोसरा के शूटिंग बनारस का कवनो गाँव में हो रहल बा. हिट पर हिट देबे में माहिर विनय आनन्द के फिल्म बृजवा पिछला साल के सबसे बड़हन हिट फिल्म रहुवे आ बृजवा के सफलता से पूरा मनोरंजन जगत चकित हो गइल रहे.

किसना कइलस कमाल का बाद विनय आनन्द के एह साल जवन फिल्म आवे वाला बाड़ी सँ ओहमें मोरा बलमा छैल छबीला, ननिहाल, साँवरिया आई लव यू. गरदा गरदा कइले बाड़ू जबसे भइलू जवान, जय हो दुल्हे राजा, जाबाँज जिगरवाले, चुटकी भर सिन्दूर, मेला में सईंया भुलाइल हमार आ दामिनि वगैरह शामिल बाड़ी सँ.

किसना कइलस कमाल के सफलता से उत्साहित विनय आनन्द के भरोसा बा कि उनकर चाहेवाला दर्शक उनका हर फिल्म के सफल करा दीहें.एह खातिर ऊ दर्शकन का प्रति आपन आभारो जतवलन. हर बड़का निर्माता विनय आनन्द के अपना फिल्मन में रिपीट करत बा काहे कि विनय आनन्द जानेले कि कवनो फिलिम कतना मुश्किल से बनेले आ एह चलते ऊ कबो कवनो निर्माता के परेशान ना करस. कहलें कि एगो निर्माता बाँचल रही त दस गो फिल्म बनाई. इहे सोच के ऊ आपन पारिश्रमिक हिसाबे से लेवेलें.

फिल्म के गवनिया हीरो लोग के सफलता का बारे में विनय आनन्द के कहनाम बा कि सिनेमा जगत में उहे चलेला जेकरा के दर्शक चाहेलें. ऊ कवनो बढ़िया गायको हो सकेला आ कवनो बढ़िया अभिनेतो. दोसरे कवनो फिलिम के सफलता केहू पर अकेले ना रहे. एहमें अभिनेता, निर्माता, निर्देशक, वितरक, सिनेमा हाल मालिक, म्यूजिक कंपनी वगैरह सभकर योगदान रहेला. कहलें कि टी सीरीज, वीनस, आ वेब कम्पनी अपना शानदार मार्केटिंग से भोजपुरी के मार्केट बढ़ा दिहले बाड़ी सँ.

पुछला पर रानी चटर्जी का साथ उनकर जोड़ी के हिट केमिस्ट्री मानल जा रहल बा विनय आनन्द बतवलें कि रानी का साथ उनकर तीन गो फिल्म आ रहल बा. दामिनी के शूटिंग काठमाण्डू में पूरा हो चुकल बा, रामपाल निर्देशित फिल्म साँवरिया आई लव यू के बनारस में शूटिंग भइल. मोराबलमा छैल छबीला में रानी समेत चार गो हीरोइन बा लोग मोनालिसा, रानी चटर्जी, गुंजन पंत, आ दिव्या द्विवेदी.

अपना भावी योजना का बारे में बतावत विनय आनन्द कहलें कि ऊ वइसनका फिल्म बेसी पसन्द करेलें जवना का साथ पूरा परिवार जुड़ सके. आ एही मकसद से भोजपुरी सिनेमा से अश्लीलता खतम करे के आपन समर्थन दिहलें. कहलें कि उनकर इरादा टेलीविजन आ हिन्दी फिल्मो में काम करे पर बा. अपना मेहनत का बल पर विनय आनन्द के पूरा भरोसा बा कि बृजवा आ किसना कइलस कमाल से मिलल सफलता आगहू जारी रही.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up