कल्पना शाह आ विजय सिंह ’मुखिया जी के लव स्टोरी’ में

by | Jan 31, 2013 | 0 comments

kalpana-vijayफ्रेन्डस कम्बाइन क्रिएशन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ’मुखिया जी के लव स्टोरी’ में पहिला बेर कल्पना शाह संगे नवोदित अभिनेता विजय सिंह अभिनय करत नज़र अइहें. एकर निर्माता निर्देशक जितेन्द्र कुमार गुप्ता हउवें. फिलिम रोमांटिक होखला का साथे कॉमेडी आ मारधाड़ से भरपूर पारिवारिक मनोरंजक फिलिम होखी.

फिलहाल एकरा ला कलाकार चुने के काम चलत बा. कुल सात गो गाना बा एहमें जवन सुने में बहुते नीक लागी. गीत नीतू पाण्डेय, संगीत कल्याण सिन्हा, सह-निर्माता बिनेश गौड़, नृत्य राजीव दिनकर, आ छायांकन हीरा यादव के बा.
.
मुख्य कलाकार कल्पना शाह, विजय सिंह, शिव गुप्ता, कैलाश आ कुणाल सिंह हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up